छोट मोट धंधा से छोट कमाई होखेला
खूब पईसा औ नाम कमाइब हमहूँ अब चुनाव लड़ब
जालसाजी अऊर ठेकेदारी से कतना कमाल करब
बड़ा घोटाला कइके अब लाखन के व्यापार करब
खूब पुलिस के धमकी से थाना में परसाद चढ़इनी
अब उनसे आपन सेवा करबाईब
हमहूँ अब चुनाव लड़ब
घर फोन बिजली पानी के खर्चा ता मुफ्त रही
हमरो खाता स्विस बैंक में कर के झंझट से मुक्त रही
दुनिया भर के सुख मिली नौकर चाकर के रहला से
रेल टिकट के खर्च बचाइब
हमहूँ अब चुनाव लड़ब
हम गलत करीं चाहे सही करीं हमरा के ओसे मतलब का
जनता भिरी तबे तक जाईब जब तक उनसे मतलब बा
वृद्धा पेंसन, रोजगार गारंटी में घर वालन के नाम जोड़ाइब
जतना संभव भ्रष्ट हो जाइब
हमहूँ अब चुनाव लड़ब



